सबसे अच्छा कंटेंट अभी बाकी है, आते रहिएगा

16 September, 2020

कुआर के सिधरी

जब चढ़ेला महीनवा कुआर

खूबे छछनेला मनवा हमार

नीक लागेना बहरा के नोकरी

बड़ी इयाद आवे गांवे के सिधरी


चेवरा होखे भा खेतवा बधार

सगरो बहेला पनिया के धार

केतना किसिम के मिलेला मछरी

पोठिया बघवा संगे कोतरा टेंगरी

बड़ी इयाद आवे गांवे के सिधरी


एकहन पेट फोड़ी पित्ती निकालेली

रगड़ी रगड़ी भउजी धोके बनावेली

भुअरी बिलाई नुकाइल झांके कगरी

चाटेला मिलित चोइया एको कतरी

बड़ी इयाद आवे गांवे के सिधरी


सिलउट प सरसो लोरहा से पिसेली

ललका मारचवा लहसुन के घिसेली

पिसत पिसत दुखे हथवा आ पजरी

झांस लागे लोरवा से भरेला नजरी

बड़ी इयाद आवे गांवे के सिधरी


जोड़िके आंच माई फोरन जरावेली

माटी के चूल्हा प कड़ाही चढ़ावेली

महकेला सोन्ह जब पड़ेला पपड़ी

सुंघिए के लइका बजावेले थपड़ी

बड़ी इयाद आवे गांवे के सिधरी


भनली के चिउरा भूंजा अरवा भात

गजबे सुआद लागे रोटियो के साथ

फीका बा आगा एकरा लाख नमरी

सोना चानी चाहे होखे कवनो दमड़ी

बड़ी इयाद आवे गांवे के सिधरी


बरसेला हथिया के मोटे बदरिया 

खोजेला देहि राति के चदरिया

फुटेला कास कसउजा के भीतरी

लउकेला फूल उजर तनि छितरी

बड़ी इयाद आवे गांवे के सिधरी


(सिधरी - मिश्रित छोटी मछलियां, भनली - धान की आगत प्रजाति, कसउजा - कास का पौधा, हथिया - हस्त नक्षत्र))


©श्रीकांत सौरभ, पूर्वी चंपारण



2 comments:

श्रीकांत सौरभ said...

धन्यबाद दीदी

Shantanu Sanyal शांतनु सान्याल said...

सुन्दर रचना, सोंधी माटी की ख़ुश्बू - - नमन सह।